Home / About Us / Contact us    
INDIAI DIASPORA FILM RAMAYAN CRICKET VYAKARAN BHOJPUR SAHITYA VIDEO BLOGS SHOWS PHOTOS  
TUBAAH MOVIES MUSIC HEALTH GOOD TIMES RECIPES GADGETS IMAGINE  
CLASSIFIEDS JOBS AUTO GIFTS  


महाबल मिश्रा आ विजया भारती सम्मानित
दिल्ली के लोग नवनिर्वाचित सांसद महाबल मिश्रा के नागरिक अभिनन्दन के साथे विजया भारती के पूंर्वाचल रत्न से पूंर्वाचल जन जागृति मंच सम्मानित कइलस।

भोजपुरिया रतन, अभिनय सम्राटः रवि किशन
प्रख्यात सिछाविद, आ राजनीतिग्य : भोजपुरी रतन डा. प्रभुनाथ सिंहजी
भोजपुरी रतन पद्मश्री शारदा सिन्हा
संगीत के प्रति समर्पित एगो साधिका आ भोजपुरी रतन विजया भारती

 

 
 

दिल्ली में राष्ट्रीय भोजपुरी सम्मेलन 11 अक्टूबर के



 

भोजपुरी के मान्यता दियावे में हो रहल अनावश्यक देरी प अब भोजपुरिया लोग सांत ना बइठिहें. एकरा के मान्यता दियावे भोजपुरी भासा, समाज आ संस्कृति से जुड़ल अनेक पहलू प चर्चा क के एगो व्यापक आंदोलन छेड़े खाती अंतर्राष्ट्रीय भोजपुरी मंच भाई (भोजपुरी एसोसियेशन ऑफ इंडिया) आ भोजपुरी भासा में दुनिया के पहिला राष्ट्रीय समाचार पत्रिका द संडे इंडियन मिल के दिल्ली में राष्ट्रीय भोजपुरी सम्मेलन के आयोजन करे जा रहल बा. भोजपुरी माटी के सपूत आ आजाद भारत में संपूर्ण क्रांति के महानायक लोकनायक जयप्रकाश नारायण के जयंती के अवसर प उनका स्मृति में ई सम्मेलन 11 अक्टूबर के दिल्ली के गांधी स्मृति एवं दर्शन समिति के प्रांगण में स्थित सत्याग्रह मंडप में आयोजित होई. पहिला बार एह सम्मेलन में भोजपुरी के विकास यात्रा प एगो चित्र प्रदर्शनी के आयोजन कइल जाई. एकरा माध्यम से भोजपुरी के समृद्ध इतिहास आ एकरा से जुड़ल हस्तियन के एगो झलक देखावल जाई. सम्मेलन में भोजपुरी प एगो परिचर्चो के आयोजन कइल जा रहल बा, जवना में देश –विदेश के भोजपुरी के बुद्धिजीवी, विद्वान, लेखक, साहित्यकार आ पत्रकार आपन विचार रखिहें.

भोजपुरी एसोसियेशन ऑफ इंडिया के एक्जीक्यूटिव डायरेक्टर(एशिया) आ द संडे इंडियन हिंदी-भोजपुरी के संपादक ओंकारेश्वर पांडेय के अनुसार एह सम्मेलन में भोजपुरी के कुछ बड़ हस्ती लोग के महात्मा गांधी स्मृति अवार्ड, लोकनायक जयप्रकाश नारायण स्मृति अवार्ड, डॉ. राजेन्द्र प्रसाद स्मृति अवार्ड, बाबू जगजीवन राम स्मृति अवार्ड भिखारी ठाकुर स्मृति अवार्ड, मजहरूल हक स्मृति अवार्ड आदि देहल जाई. भोजपुरी के एह अपना तरह के अनूठा सम्मेलन के आयोजन में एह भासा के राष्ट्रीय समाचार पत्रिका द संडे इंडियन सक्रिय भूमिका निभा रहल बा. द संडे इंडियन एह सम्मेलन में भोजपुरी के विकास यात्रा प एगो आकर्षक चित्र प्रदर्शनी लगावे जा रहल बा. एकरा माध्यम से भोजपुरी भासा के समृद्ध इतिहास आ एकरा से जुड़ल हस्तियन के एगो झलक देखावल जाई. प्रोफेसर अरिंदम चौधरी के पहल प उनका नेतृत्व में निकल रहल एह पत्रिका से भोजपुरी के इतिहास में एगो नया आयाम जुड़ गइल बा.

सम्मेलन में भोजपुरी के टीवी चैनल महुआ आ हमार के अलावा भोजपुरी वेब मीडिया से जुड़ल लोगन के उपस्थिति रही आ ओह में से खास लोग के सम्मनित भी कइल जाई. भोजपुरी के विकास में खास योगदान देवे वाला व्यक्ति होखस आ चाहे संस्था- एह सम्मेलन में उनका के विशेष अवार्ड देवे के तइयारी कइल जा रहल बा. सम्मेलन में दिल्ली में भोजपुरी के अलख जगावे वाला यूपी बिहार के दर्जनो संगठनन के लोगन के आमंत्रित कइल जा रहल बा. ओह लोग के योगदान के एह मंच के माध्यम से एक दोसरा से जोड़े आ भोजपुरी आंदोलन के एगो व्यापक रूप देवे के बारे में एह सम्मेलन में बात विचार कइल जाई. एह मौका प एगो स्मारिको प्रकाशित करे के योजना बा. निहोरा बा कि एह सम्मेलन के सफल बनावे खातिर भोजपुरिया लोग बढ़ चढ़ के सहयोग करस.

सम्मेलन में भाई (भोजपुरी एसोसियेशन ऑफ इंडिया) के ब्रांड एम्बैसडर आ इंटरनेशनल चेयर श्री शैलेष मिश्रा अमेरिका से खास तौर प आ रहल बाड़न आ ऊ एह सम्मेलन में मुख्य वक्ता के रूप में शामिल होइहें. संस्था के कर्ता धर्ता श्री अविनाश त्रिपाठी उनका के आग्रह के साथ एह कार्यक्रम में शामिल होखे खाती भेज रहल बाड़न. सम्मेलन में भोजपुरी के कई गो स्टार कलाकार आपन रंगारंग प्रस्तुति दींहें.

*****************************************************

स्वागत बा हमरा gari.com पर आई, आ जेकरा के मन करे दम भर गरिआई

घिनौना गोबर पर ढेला मारब त, घिन घिना जाइ सगरो


 
   
 
 
आज के समय सभसे हॉट नायिका पाखी हेगडे भोजपुरीयन के दिल की धड़कन बाडी। तनीयो कही उनकरा शादी के बाद होला चाहे उह कोनो फिल्म आ टीवी शो में ही .....
 
   

 
 

 

  pppppppppppppppppppppppppp  
  ppppppppppppppppppppppppppp  
  pppppppppppppppppppppppppp  
  pppppppppppppppppppppppppp  
   

   
 

 

  Copyright © 2001-2009 Purvachal Express. com 1.800.371.1224 • editor@purvachal express.com • Privacy Policy