भोजपुरी
के दुनिया में कइगो पोपुलर कलाकार, अभिनेता, अभिनेत्री, लीडर,
गायक, लेखक, वेबसाइट संचालक आ भोजपुरी क्षेत्र से जुडल पावरफुल
लोग बा | आईं पूर्वांचलएक्सप्रेस.कॉम पर ई भोजपुरी रतन के बारे
में "हॉल ऑफ़ फ़ेम" में अउरी जानकारी पाईं |
उत्तर प्रदेश के एगो छोट गाँव विसुई से लगभग एक दशक पहिले जब
एगो गोर छरहर देह के लईका मुबंई के माटी पर डेग धइलस त ओकरा
आँखि के कोर में एगो सपना दबल रहे हीरो बने के। मुंबई में कहे
के त ओकरा साथे केहू ना रहे बाकिर ओकरा मन में गजिब के आत्मविश्वास
रहे। धीरे धीरे आपन मेनहत आ लगन के दम पर ऊ लईका टी.वी. सीरियल
आ फिल्मन में छोट मोट रोल करत करत आजु भोजपुरी फिल्मन के सुपरस्टार
बनि गइल बा। जेकरा के लोग रवि किशन के नांव से जानेला। रवि किशन
आजु अपना संघर्ष से अभिनय के ओ ऊँचाई पर बा जहवाँ चहुँपे खातिर
आदमी के सोना नियन तपला का बाद निखार के उम्मेद करेके पड़ेला।
भोजपुरी फिल्मन से लगायत हिन्दी फिल्मन के बड़ बड़ बइनरन में काम
करेवाला रवि किशन के खासियत के लिस्ट त ओइसे लमहर बा बाकिर एतना
जानि लीं कि ऊ एगो बढ़िया एक्टर का संगे संगे एगो बढ़िया इन्सान
भी हउवन।
पूर्वान्चल एक्सप्रेस डाट काम एह भोजपुरिया रतन के चिन्ह के
रउरा आगा पेश क रहल बा...
* भोजपुरी हॉल ऑफ़ फ़ेम ( भोजपुरी रतन
) *
१. पूरा नाम : रविन्द्र श्याम नारायण शुक्ला
२. पोपुलर नाम : रवि किशन
३. जनम स्थान : ग्राम विसुई, तहसील केराकत, जौनपुर
४. जनम दिन: 17 जुलाई 1971
५. परिचय : हमार परिचय दर्शकन के प्यार बा
६. गाँव-जिला (नेटिव प्लेस) के नाम : विसुई, केराकत, जौनपुर
७. भोजपुरी से कब आ कइसे लगाव भइल? जनम से, हमार मातृभाषा ह
भोजपुरी भाई।
८. भोजपुरी भाषा, भोजपुरी मीडिया आ लोकगायकी के वर्तमान हालत
पर कुछ कहीं ? काफी तरक्की कईले बा, आज हम भोजपुरियन के इज्जत
हर क्षेत्र में बढ गईल बा। लोक गायकी में महेंद मिसिर आ भिखारी
ठाकुर जइसन महापुरूष के जरूरत बा।
९. आपन बचपन के बारे में कुछ बताईं ? माई के गोद में, खेत खरिहान
में अउरी स्कूल में एक्टिंग के नींव पड़ल, कुल मिलाके बचपन काफी
बढ़िया रहे।
१०. भोजपुरी बोले आ सीखे के सबसे अच्छा उपाय का बा ? पूर्वान्चल
एक्सप्रेस सहित तमाम भोजपुरिया वेब साईट अउरी भोजपुरी फिलिम
ऐकर आसान उपाय बा।
११. सबसे फेवरेट भोजपुरी फ़िल्म / गाना : हमार सब भोजपुरी फिलिम
आ गाना हमार फेवरेट ह।
१२. सबसे फेवरेट भोजपुरी शब्द / कहावत : जिंदगी झंड बा, फिर
भी घमंड बा।
१३. सबसे फेवरेट भोजपुरी खाना : माई के हाथ के बनल हर तरह के
खाना।
१४. कवनो अइसन घटना बताईं जवना के वजह से लाइफ में टर्निंग
पॉइंट भइल ? गाँव में रामलीला में एक्टिंग करत करत आजु इहाँ
ले पहुँच गइनी।
१७. भोजपुरिया समाज के सफल होखे खातिर का करे के चाहीं ? हमार
समाज हर क्षेत्र में सफल बा।
१८. भविष्य में भोजपुरी के क्षेत्र में औरी का फिउचर प्लान
बा ? भोजपुरी के चर्चा पूरा विश्व में हो रहल बा, एह खातिर हम
हॉलीवुड के फिलिम में काम करे के इच्छा रखऽतानी।
१९. कुछ लोगन के कहनाम बा कि भोजपुरी "गँवारू आ पिछड़ल"
भाषा ह, राउर कमेन्ट का बा ? हाथी चले बाजार कुता भूंके हजार
२०. भोजपुरी "हाल ऑफ़ फ़ेम" में राउर नाम चुनल गइल
बा - कईसन लागऽता ? रउआ लोग के बदउलत ही हम आज रवि किशन बनल
बानी।
२१. भोजपुरी के अलावा औरी कवन-कवन भाषा जानेनी ? अंग्रेजी,
हिन्दी, मराठी, गुजराती
22. छठ के मउका पर अपना फैन सभ के रउवा का संदेश देहल चाहत
बानी?
छठी मईया चाहीं त हर संकट दूर हो जाई......
कबहुं मुश्किल में घबराये के नाही चाहीं.........
24 राउर आवे वाला फिलमन के बाजे में बारे में बताई?
हमार होम प्रोडक्शन के बिहारी माफिया, हैरी जी के भूमिपूत्र,
देव पांडेय के खटाईलाल मिठाई लाल, असलम जी के विदाई, जयप्रकाश
जी के धर्मात्मा सहित हिन्दी में लूट, रावण, गरम चाय आ लक
25 नयका आवे वाला अभिनेता खातिर का राउर का संदेश बा ? मेहनत
करी त फल जरूर मिली सफलता तबहीं मिली जब हम सही दिशा में सही
पथ पर चलकर मेहनत करीं ।
:- कुलदीप श्रीवास्तवा
|