लखनऊ, ११ अगस्त।
भोजपुरी के स्टार सिंगर आ रियल्टी शो "सुर संग्राम"
के जज कल्पना १० अगस्त के लखनऊ में भोजपुरी सेवा संस्थान कार्यालय
के उदघाटन कइली।

एह मउका पर स्वतंत्र गर्ल्स डिग्री कालेज के प्रांगण में आयोजित
सम्मान समारोह में भोजपुरी सेवा संस्थान काओर से महुआ चैनल के
मानस कथा वाचक पंडित रामचन्द्र दूबे, गायिका कल्पना आ "चक
दे बच्चे" फेम आ जूरी अवार्ड विनर बाल गायिका तनु श्रीवास्तव
के "भोजपुरी सेवा सम्मान" से भोजपुरी सेवा संस्थान
के अध्यक्ष डा. दिनेश तिवारी सम्मानित कइलन। एही मंच पर कलाकार
एसोसियेशन उत्तर प्रदेश के अध्यक्ष विजय तिवारी, नवोन्मेष संस्था
के सचिव सर्वेश अस्थाना, कादम्बरी कला परिषद के सचिव विनोद मिश्रा,
अखिल भारतीय अवधी विकास संस्थान के अध्यक्ष राजेश जायसवाल भी
कल्पना के सम्मानित कइलन।

सम्मान समारोह के बाद सांस्कृतिक कार्यक्रम पेश करत गायिका कल्पना
"निमिया के डार..... से आ , बाल गायिका तनु श्रीवास्तव
"साई वंदना..... से शुरूआत कइली। बाबा रामचन्द्र दूबे आ
संस्थान के अध्यक्ष डा. दिनेश तिवारी अपना गायकी से सभकर मन
मोह लिहलन। कार्यक्रम के संचालन संस्थान के महासचिव मनोज श्रीवास्तव
कइलन।

|