टीवी
प आपन मेहरारू के नाच,गाना अउरी ठुमका लगावत देख, कई भईया लोगन
के जलदीए होश उडे वाला बा। एकर पुरा तैयारी बिहाने-बिहाने के
सुपर हिट जोड़ी भउजी विजया भारती आ देवर अजीत आनन्द के देख-रेख
में हो रहल बा।

भउजाई सभ के रियलिटी शो भउजी नंबर वन जलदीए दर्शक लोगन के देखे
के महुआ टीवी प मिली। इह रियलिटी शो में फिलिमी सितारन भा मझल
कलाकरन ना बलुक आम घरेलू भउजाइ के केंद्र में रखल गइल बा। इह
शो के जज स्टार देवर-भउजी अजीत आनन्द आ विजया भारती के जोड़ी
बा आ मेहमान जज के रूप में चुल बुली कम्सिम, आ जावा दिलो की
धड़कन रूबी सिंह रहली. भउजी विजया भारती के मुताबिक, इह रियलिटी
शो घरेलू महिला सभ के ध्यान में रख के बनावल जा रहल बा। उह कहली
कि कई अइसन घरेलू भउजाई बाडी लोग,जेमें बहुत प्रतिभा होला के
बावजूद, उह बडा कुंटीज रहेली सभ काहे कि उह सभ के सही अवसर आ
मुकाम ना मिल पावेला। उह सभके लोगन के अउरी उनकरा हुनर के सही
अवसर आ स्टेज देके महुआ टीवी ऐतिहासिक काम करे जा रहल बा।
इह शो में भउजाई सभे आपन देवर भा ननद के अपना सहयोगी बना सकेली।
उह आगे कहली कि जे तरेह भउजाई सभे आपन कला, नाच, गाना अउरी ठुमका
लगा रहल बाडी, उह देखी के शो के सारा लोग बडा हैरान आ रोमांचित
हो रहल बारेन। अब सभ भईया लोगन के होश उडे के समय जलदीए आ रहल
बा। हंसत उह कहली कि अपना भईया से कह देम आपन दिल मजबुत रखेमे।

कुलदीप श्रीवास्तवा आ दीनबंघु सिंह
|