Home / About Us / Contact us    
INDIAI DIASPORA FILM RAMAYAN CRICKET BHOJPURI VYAKARAN BHOJPURI SAHITYA VIDEO BLOGS SHOWS PHOTOS  
TUBAAH MOVIES MUSIC HEALTH GOOD TIMES RECIPES GADGETS IMAGINE  
CLASSIFIEDS JOBS AUTO GIFTS  


महाबल मिश्रा आ विजया भारती सम्मानित
दिल्ली के लोग नवनिर्वाचित सांसद महाबल मिश्रा के नागरिक अभिनन्दन के साथे विजया भारती के पूंर्वाचल रत्न से पूंर्वाचल जन जागृति मंच सम्मानित कइलस।

भोजपुरिया रतन, अभिनय सम्राटः रवि किशन
प्रख्यात सिछाविद, आ राजनीतिग्य : भोजपुरी रतन डा. प्रभुनाथ सिंहजी
भोजपुरी रतन पद्मश्री शारदा सिन्हा
संगीत के प्रति समर्पित एगो साधिका आ भोजपुरी रतन विजया भारती

 

 
निरुहुआ सुधाकर जी के घरे सुल्तानपुर जाके श्रदांजलि देहलस


 

भोजपुरी सिनेमा जगत के जवन ई दौर चलि रहल बा, के शुरुआती करे में जवन सभसे कामयाब फिलिम "ससुरा बड़ा पईसावाला" के नांव लिहल जाला ओकर निरमाता सुधाकर पाण्डेय के देहान्त लीवर के बेमारी के ओजह से १९ अगस्त के मुम्बई के नायर अस्पताल में हो गइल।

 

उत्तर प्रदेश के सुलतानपुर में जिला में सन १९७२ में जन्मल सुधाकर पाण्डेय के पहिचान भोजपुरी सिनेमा जगत में २००४ के सभसे कामयाब फिलिम "ससुरा बड़ा पईसावाला" से भइल। एही फिलिम से गायक मनोज तिवारी के पदारपन भोजपुरी सिनेमा जगत में भइल। एकरा अलावे सुधाकर पाण्डेय के एगो आउर फिलिम "चलत मुसाफिर मोह लियो रे" से आजु के सभसे कामयाब नायक दिनेश लाल यादव "निरहुआ" के आगमन भोजपुरी सिनेमा जगत में भइल।

 

अपना त्रिवेणी कला मंदिर के बइनर में सुधाकर पाण्डेय "ससुरा बडा पईसावाला", "दरोगा बाबू आई लव यू", "चलत मुसाफिर मोह लियो रे" आ "रंग दे बसंती चोला" सहित कुल्हि चार गो फिलिम बनउले बाकिर सभसे कामयाब फिलिम "ससुरा बड़ा पईसावाला" से उनुकर नांव भोजपुरी सिनेमा के तिसरका दौर के शुरु करेवालन में खास कऽ के पहिले लिहल जाला।

 

सुधाकर पाण्डेय के निधन से भोजपुरी सिनेमा के बहुत अपूरनीय क्षति भइल बा। उनुका देहान्त से उनुकर मेहरारु सहित चारो बचवन पऽ दुख के पहाड़ टूट गइल बा। एह दुख के घड़ी में देवी देवता लोग से हमनी के इहे निहोरा बा कि उनुका आत्मा के शांति मिले आ परिवार के अइसन बिपत सहे के ताकत दीं भगवान।


 


 



 

 


 
   
 
 
आज के समय सभसे हॉट नायिका पाखी हेगडे भोजपुरीयन के दिल की धड़कन बाडी। तनीयो कही उनकरा शादी के बाद होला चाहे उह कोनो फिल्म आ टीवी शो में ही .....
 
   

आठ हजार करोड़ के भी बनाई भोजपुरी फिल्म
बरखा में जलवा मुन्नी बाई के
 
 
 
 
 
 
 
 
 
 
 
 
 
 
 
 


  Copyright © 2001-2009 Purvachal Express. com 1.800.371.1224 • editor@purvachal express.com • Privacy Policy