प्रेम के रोग भइल
भोजपुरी फिलिम के प्रीमियर मुंबई के सिनेमाघर में हो गईल, जुहू
के महत्वपूर्ण मल्टीप्लेक्स सिनेमाघर पीवीआर में अउरी दु-दु
स्क्रीन प एग साथे। पहिले एकही हॉल बुक भइल रहें प रिहुआ एंटरदेनमेंटस्
के एह फिलिम में दर्शक के अलावा फिलिम जगत के भी इंतजार रहें,
अउरी दर्शक सभे के तादाद के देखत एही सिनेमाघर में दुगो हॉल
बुक करे के पडल। एहिजा भोजपुरी सिनेमा के साथे साथ हिन्दी सनिमा
के कई दिग्गज कलाकार, निर्माता, वितरक, फाइनेंसर, निर्देशक आ
सनिमा जगत से जुडल सभे मौउजूद रहें। सभ लोग एह फिलिम से मजा
लेहलस लोग अउरी फिलिम के सराहर लोग भी। बिहार में प्रदशन के
बाद 40 सिनेमाघर में अच्छा व्यवसाय कर रहल बावे आ जल्दीए मुंबई
के मल्टी सिनेमा के अलावा कई गो अउरी सिनेमाघर में अउरी देश
के बाकी अउरी क्षेत्र में एके साथे रिजीज होए जा रहल बावे।
प्रेम के रोग भईल एक छोटहन कस्बा के कहानी बावे। बिहार के इह
एगो अइसन कस्बा ह जहां जुबान देके लोग पीछे हट जाला। भले ही
जुबान खातिर जान काहे ना दे देबे के पडे। इहो आपन बिहार के संस्कृति
के एगो खास हिस्सा ह। जुबान ही अस्तित्व ह। प्रेम कहानी के साथे
एगो संदेश भी देबे के कोशिश कइल गइल बावे कि विधि के जवन विधान
लिखल जाल आ अंतत: उहे होला। कहानी में रोमांस, हास्य, एक्शन
सभ कुछ, एह सनिमा में बावे।
एह फिलिम के हीरो दिनेशलाल यादव निहुआ बतइलन कि पहिला बेरी
फरोग सिद्विक से कहानी सुनते ही बहुते प्रभावित भइनी अउरी महसूस
कइनी कि इह एगो परिपूर्ण कहानी बावे अउरी जिन्दगी के जुडल बावे।
एह फिलिम में निरहुआ के हिरोइन हॉट पाखी हेंगड़े बाड़ी।
:- अशोक भाटिया
|