भोजपुरी सिनेमा जगत के जवन ई दौर चलि रहल बा, के शुरुआती करे में जवन सभसे कामयाब फिलिम "ससुरा बड़ा पईसावाला" के नांव लिहल जाला ओकर निरमाता सुधाकर पाण्डेय के देहान्त लीवर के बेमारी के ओजह से १९ अगस्त के मुम्बई के नायर अस्पताल में हो गइल।
उत्तर प्रदेश के सुलतानपुर में जिला में सन १९७२ में जन्मल सुधाकर पाण्डेय के पहिचान भोजपुरी सिनेमा जगत में २००४ के सभसे कामयाब फिलिम "ससुरा बड़ा पईसावाला" से भइल। एही फिलिम से गायक मनोज तिवारी के पदारपन भोजपुरी सिनेमा जगत में भइल। एकरा अलावे सुधाकर पाण्डेय के एगो आउर फिलिम "चलत मुसाफिर मोह लियो रे" से आजु के सभसे कामयाब नायक दिनेश लाल यादव "निरहुआ" के आगमन भोजपुरी सिनेमा जगत में भइल।
अपना त्रिवेणी कला मंदिर के बइनर में सुधाकर पाण्डेय "ससुरा बडा पईसावाला", "दरोगा बाबू आई लव यू", "चलत मुसाफिर मोह लियो रे" आ "रंग दे बसंती चोला" सहित कुल्हि चार गो फिलिम बनउले बाकिर सभसे कामयाब फिलिम "ससुरा बड़ा पईसावाला" से उनुकर नांव भोजपुरी सिनेमा के तिसरका दौर के शुरु करेवालन में खास कऽ के पहिले लिहल जाला।
सुधाकर पाण्डेय के निधन से
भोजपुरी सिनेमा के बहुत अपूरनीय क्षति भइल बा। उनुका देहान्त से उनुकर मेहरारु सहित चारो बचवन पऽ दुख के पहाड़ टूट गइल बा। एह दुख के घड़ी में देवी देवता लोग से हमनी के इहे निहोरा बा कि उनुका आत्मा के शांति मिले आ परिवार के अइसन बिपत सहे के ताकत दीं भगवान।
|