Home / About Us / Contact us    
INDIAI DIASPORA FILM RAMAYAN CRICKET BHOJPURI VYAKARAN BHOJPURI SAHITYA VIDEO BLOGS SHOWS PHOTOS  
TUBAAH MOVIES MUSIC HEALTH GOOD TIMES RECIPES GADGETS IMAGINE  
CLASSIFIEDS JOBS AUTO GIFTS  


महाबल मिश्रा आ विजया भारती सम्मानित
दिल्ली के लोग नवनिर्वाचित सांसद महाबल मिश्रा के नागरिक अभिनन्दन के साथे विजया भारती के पूंर्वाचल रत्न से पूंर्वाचल जन जागृति मंच सम्मानित कइलस।

भोजपुरिया रतन, अभिनय सम्राटः रवि किशन
प्रख्यात सिछाविद, आ राजनीतिग्य : भोजपुरी रतन डा. प्रभुनाथ सिंहजी
भोजपुरी रतन पद्मश्री शारदा सिन्हा
संगीत के प्रति समर्पित एगो साधिका आ भोजपुरी रतन विजया भारती

 

 

भोजपुरी सुपर स्टार सुजीत कुमार ना रहनीं



 

सुन के धक से लागल कि फिल्म निर्माता आ हिन्दी भोजपुरी के सशक्त अभिनेता सुजीत कुमार के 5 फरवरी के निध्न हो गइल। उहॉ के बहुत समय से बीमार चलत रहनी ह। कैंसर के बीमारी काल्ह साढे चार बजे भोर में आखिरकार एह भोजपुरिया महानायक के हमनी से छिन लेहलस। बनारस के रहे वाला 75 साल के सुजीत कुमार  एगो ज़िन्दा दिल इंसान रहीं। बीमारी के बावजूद उहॉ के एह दशक में बहुत सक्रिय रहीं आ भोजपुरी के हर महत्वपूर्ण कार्यक्रम में आपन आशिर्वाद आ मार्गदर्शन देबे खातिर सिरकत रहीं।

सुजीत कुमार के एगो लइका जतिन कुमार आ लइकी हिना बाडी। 

वरिष्ठ फल्म निर्माता मोहन जी प्रसाद गहरा दुख व्यक्त करत कहनी कि भोजपुरी सनिमा के पहिला सुपर स्टार आ कर्णधर सुजीत कुमार के कमी हमेशा खलत रही।

अभिनेता कुणाल सिंह शोक संवेदना व्यक्त करत कहनी कि सुजीत भइया से जवन स्नेह आ मार्ग दर्शन मिलल बा उ त अविस्मरणीय  बडलें बा उहॉ के भोजपुरी सनीमा खातिर जवन रास्ता तइयार कइलें बानी, ओकर अनुसरण होखे के चाही।

रविकिशन कहनीं कि भोजपुरी फिल्म इण्डस्ट्री सदमा के स्थिति में बा आ सुजीत कुमार जी के कमी हमेशा खलत रही। हम बहुत दुखी बानी।

भोजपुरी सिटी के संरक्षक किशन खदरिया जी बहुत दुखी स्वर में कहनीं कि भोजपुरी का भीष्म पितामह ढह गया।

भोजपुरी संसार पत्रिका के संपादक मनोज श्रीवास्तव भी गहरा संवेदना व्यक्त कइले बानी।

भोजपुरी साहित्यकार मनोज भावुक दुखी बाडन, उ कहलन कि   सुजीत कुमार जी बहुत सरल आ सहज लेकिन महान व्यक्तित्व रहनीं। उहॉ के साथ बितावल चार दिन हमरा जिनगी के यादगार पल बा। दू दिन उहॉ के साक्षात्कार आ दू दिन एतवार के सेट पर। उहें के वजह से हमरा अमिताभ बच्चन जइसन शिख्सयत से मिले के आ बातचीत करे के सौभाग्य प्राप्त भइल।

पूर्वांचल एक्सप्रेस डॉट कॉम, भोजपुरिया फिल्म डॉट कॉम आ भोजपुरी संसार पत्रिका के टीम अपना एह दिवंगत अभिनेता के प्रति भावभीनि श्रद्वाजंली अर्पित करत बा।

 

 


 
   
 
 
आज के समय सभसे हॉट नायिका पाखी हेगडे भोजपुरीयन के दिल की धड़कन बाडी। तनीयो कही उनकरा शादी के बाद होला चाहे उह कोनो फिल्म आ टीवी शो में ही .....
 
   

आठ हजार करोड़ के भी बनाई भोजपुरी फिल्म
बरखा में जलवा मुन्नी बाई के
 
 
 
 
 
 
 
 
 
 
 
 
 
 
 
 


  Copyright © 2001-2009 Purvachal Express. com 1.800.371.1224 • editor@purvachal express.com • Privacy Policy