हम हईं रवि किशन शुकुल आ रउवा देख रहल बानी सुर-संग्राम.........एह तरह के आगाज से महुआ टी.वी. पर चल रहल भोजपुरियन के सभसे लोकप्रिय प्रोग्राम सुर संग्राम पर अपना दमदार एंकरिंग से नया जान डाल देले बाड़न सुपर स्टार रवि किशन। अपना बहुआयामी प्रतिभा के सभ रंगन से सुर संग्राम के सजा रहल बाड़न रवि किशन। स्क्रिप्ट से अलग हट के अपना आवाज अपना अंदाज से जवन खेला सुर संग्राम पर खेल रहल बाड़न ऊ देखनिहारन के बहुत भा रहल बा। रवि किशन खूब खेला करत बारेन सूर-संग्राम के सेट प जवना के कौनो जोड़ नहीखे। लोग त इहॉ तक कहे लागल बा कि अगर रवि किशन शुरू से एंकरिंग करत रहतन त सुर-संग्राम देश क टॉप के रियलटी ‘शो कब के बन गईल रहीत, पर देर से ही गजेन्द्र सिंह रवि किशन के लेअइलन प लेअइलन। रवि किशन के आवते ही सुर-संग्राम के टीआरपी में गजब के उछाल अइलस। जवन आज ले भारत के रियलटी के इतिहास में कभो ना भइल रहे।

सुर-संग्राम खाली भोजपुरीयन के पंसीदा शो नहीखे रहि गईल। इ ‘शो गैर भोजपुरीया भी बहुत ही चाव से देख रहल बारेन। उह लोग के दीक्कत हो गईल बा कि सलमान खान वाला दस के दम देखीं कि सुर-संग्राम भा जी टीवी के लिटिल चैंप। उह लोग महुआ टीवी के धन्यवाद बोलत बारेन कि महुआ टीवी सुर-संग्राम के रिपिट रात
12 से करेला। उह लोग देर रात तका जग के सुर-संग्राम दुबारा देखे ला लोग। गैर भोजपुरीयन के कहनाम बा कि जवन मिठास भोजपुरी गाना में हमनीसन के मिलल, उह कौनो गाना में ना मिलल साथ ही साथ इह गाना में एतना जोश आ जूनून बा कि मुर्दा ‘शरीर भी गाना सुन के जिंदा होके नाचे लागी।

एह बात के अंदाज खाली देश भर के दर्शकन के अलावे एह कार्यक्रम के जज रहल चुकल कल्पना के शो में भी मिल रहल प्रतिक्रिया से पता लाग रहल बा। हमरा पता चलल है कि कल्पना के ऐने कई जगह शो क रहल बाड़ी आ ओमे जुटल लोग सुर संग्राम के नवका अंदाज के सराहत अधात नइखे।
रवि किशन के ए ऐंकरिंग के धमालदार अंदाज पर पूर्वांचल एक्सप्रेस डाट काम से लोग कहल कि -
 |
|
पद्मश्री शारदा सिन्हा : रवि किशन के एंकरिंग अद्भुत बा। उनुका एंकरिंग में एगों अलगे चमक बा एह से बहुत चेन्ज लागता। उनुका भीतर कुछ कर देर गावे के जज्वा बा आ उनुकर एंकरिंग धमाल मच
वले बा। |
| |
|
|
 |
|
श्रीमती मालिनी अवस्थी : रवि कि एंकरिंग से सुर संग्राम एक स्टेज ऊपर चला गया है। मुझे रवि किशन का आना बहुत अच्छा लगा। तथा शारदा सिन्हा जी के आने से संपूर्णता आ गई है, और सुर संग्राम का ग्राफ बढ़ गया है। |
| |
|
|
 |
|
श्री दिनेश तिवारी (लखनऊ) : रवि किशन के एंकरिंग सुर संग्राम पर गरदा उड़ा रहल बा। रवि किशन के इहे अंदाज सुर संग्राम के आउर लोकप्रिय बना रहल बा।। |
| |
|
|
 |
|
सुश्री अनामिका सिंह : सुर संग्राम में चेन्ज अच्छा लगा रहा है। रवि किशन जी की एंकरिंग में नयापन है और लोग इसे बहुत पसन्द कर रहे हैं। |
| |
|
|
नीरज नेगी (दिल्ली) :- एतना मंनोरंजक रियलटी शो आजले हम ना देखले रहनी। गजब के इह शो बा। हमरा ना पता रहे कि भोजपुरी में एतना मिठास बा।
पंकज कुमार देव (दिल्ली) :- रवि किशन के एंकरिग के अंदाज त दिल पे बार करत बा, जवना के कौनो जोड़ नहीखे। रवि किशन के अइला से सुर-संग्राम में चार चॉद लग गईल बा।
सुबाष सिंह (छपरा) :- हमरा मनोज तिवारी जी से कहे के बा कि राउर गायकी में कौनो जोड़ नहीखे पर अभिनय आ एंकरिग में रउआ रवि किशन के सामने बच्चा बानी। रउआ रवि किशन के टेस्स का लेम, जाई पहिले रउआ अभियन के कही अच्छा कॉलेज से अभियन के पढ़ाई करी।
मनोज कुमार (मिशन, सिवान) :- चली अच्छा भइल नौशिखिया एंकर चल गईल, आ एगो वर्ड फेम एंकर रविकिशन सुर-संग्राम के शोभा बढा रहल बा। हाँ हम साथ मे इहो कहेम कि मनोज तिवारी के गायकी में कौनो जोड़ नहीखे।
अंरविद कुमार (सलेमपुर, देवरिया) - गजब के इह शो आ एंकर रवि किशन बारेन, हमनीसन के सुर-संग्राम बहुत ही अच्छा लागेला, पुरा परिवार एक साथ बइठ के देखेनीसन।
:- :कुलदीप श्रीवास्तवा
|