दिल्ली
के लोग नवनिर्वाचित सांसद महाबल मिश्रा के नागरिक अभिनन्दन के
साथे विजया भारती के पूंर्वाचल रत्न से पूंर्वाचल जन जागृति
मंच सम्मानित कइलस।
पुंर्वाचल जन जागृति मंच दिल्ली द्वारा आयोजित महाबल मिश्रा
के नागरिक अभिनन्दन सामारोह में लोकगायिका आ भोजपुरीया भउजी
विजया भारती आपन सुर-ताल से हजारन के संख्या में मउजूद देशZकगण
के झुमइली आ लोगन के फरमाइश पे फरमाइश होए आ विजया जी सभके मांग
पुरा कइली अउरी जवन समा बंघली उह आधा रात के बाद ही रूकल।
हॉ एहिजा एगो रोचक घटना भी घटल जवन हजारन भोजपुरीयन के स्मृति
में हमेशा खातिर दर्ज हो गइल। जब महाबल मिश्रा जी के पता चलल
की आजु ओंकारेश्वर पाण्डेय जी के जनमदीन ह त उह उनकर गायिका
मेहररू से, एक दुसर के जयमाल करा देहलन, हजारन लोग के बीच अउरी
महाबलजी ओंकारेश्वर जी के जनमदीन के तोहफा के तौर प गमछा पइना
के सम्मानित भइल कइलन।
एह अवसर प सण्डे इंडिय के कार्यकारी संपादक (हिन्दी आ भोजपुरी
अंक) ओंकारेश्वर पाडेण्य सांसद महाबल मिश्रा के संण्डे इंडियन
के नयका अंक देहलन, जेमे महाबल मिश्रा जी के पहिला (कवर पेज)
प अबकी बेरी जगह मिलल बा।
|